बिस्व धरोहर स्थल

यूनेस्को (UNESCO) के बिस्व धरोहर कमेटी के लोगो

बिस्व धरोहर स्थल (अंगरेजी: World Heritage Site) कौनो अस्थान (जइसे की कौनों बिल्डिंग/भवन, शहर, कॉम्प्लेक्स, रेगिस्तान, जंगल, दीप, झील, स्मारक, भा पहाड़) होखे ला जेवन की यूनेस्को (UNESCO) की द्वारा सांस्कृतिक, प्राकृतिक या अइसने कौनों महत्व की कारन बिस्व धरोहर की लिस्ट में शामिल कइल जाला।[1] ई लिस्ट अंतरराष्ट्रीय बिस्व धरोहर प्रोग्राम की तहत, जौना के यूनेस्को के बिस्व धरोहर कमेटी चलावे ले आ जवन जनरल असेम्बली में चुनल 21 गो मेंबर देस सभ द्वारा बनावल जाले।[2]

जुलाई 2015 ले, एह लिस्ट में 1031 स्थल: 802 सांस्कृतिक, 197 प्राकृतिक, आ 32 गो मेरवन स्थल बाड़ें जेवन 163 देस में छिटाइल बाड़ें।[3][4] अगर देस अनुसार लिस्ट देखल जाय त, इटली में 51 स्थल बाड़ें आ ई पहिला नंबर पर बाटे। एकरा बाद, चीन (48), स्पेन (44), फ्रांस (41), जर्मनी (40), मैक्सिको (33), आ सातवाँ नंबर पर भारत (32) की साथ अगिला क्रम पर बाड़ें। यूनेस्को इनहन के एगो पहिचानक नंबर देला, आ अब नया सिस्टम में जेवन स्थल ई लिस्ट से बाहर हो गइल बाड़ें उन्हन के नंबर भी सुरक्षित राखल जाला जेवना से ई पहिचान नंबर कुल के संख्या 1200 से अधिका हो चुकल बाटे हालाँकि वर्तमान (लिस्ट) में अइसन स्थल सब के संख्या कम बाटे।

हर एक बिस्व धरोहर स्थल कानूनी रूप से ओही राज्य या राष्ट्र के हिस्सा मानल जाला जौना में ऊ मौजूद बाटे, बाकी यूनेस्को इनहन के सुरक्षा आ संरक्षण की दृष्टी से अंतरराष्ट्रीय समुदाय के सामूहिक इंट्रेस्ट के बिसय मानेला।

संदर्भ

  1. "World Heritage".
  2. "The World Heritage Committee". UNESCO World Heritage Site. पहुँचतिथी 28 नवंबर 2015.
  3. World Heritage List, UNESCO World Heritage Sites official sites.
  4. Sites in Germany and Italy bring to 19 the number of sites inscribed on the World Heritage List this year, UNESCO World Heritage Sites official sites.
Other Languages
Alemannisch: UNESCO-Welterbe
azərbaycanca: Ümumdünya irsi
Boarisch: UNESCO-Wödeabe
беларуская (тарашкевіца)‎: Сусьветная спадчына ЮНЭСКО
brezhoneg: Glad bedel
客家語/Hak-kâ-ngî: Sṳ-kie Vì-sán
hornjoserbsce: Swětowe herbstwo
Bahasa Indonesia: Situs Warisan Dunia UNESCO
日本語: 世界遺産
қазақша: Әлемдік мұра
한국어: 세계유산
Lëtzebuergesch: Weltierfschaft
монгол: Дэлхийн өв
Bahasa Melayu: Tapak Warisan Dunia
Plattdüütsch: List vun dat Weltarv
Nedersaksies: Wealdarfgoodlieste
Nederlands: Werelderfgoed
norsk nynorsk: Verdsarv
саха тыла: Аан дойду Утума
srpskohrvatski / српскохрватски: Svjetska baština
Simple English: World Heritage Site
српски / srpski: Светска баштина
Basa Sunda: Loka Warisan Dunya
svenska: Världsarv
Kiswahili: Urithi wa Dunia
Türkçe: Dünya Mirası
татарча/tatarça: Бөтендөнья мирасы
oʻzbekcha/ўзбекча: Jahon merosi
Tiếng Việt: Di sản thế giới
吴语: 世界遗产
中文: 世界遗产
粵語: 世界遺產